मनोरंजन बाबू की कविता

875
0
SHARE

मनोरंजन बाबू। राजेंद्र कॉलेज छपरा के धाकड़ प्रिंसिपल रहनी। राहुल सांकृत्यायन जी के किसान आंदोलन से भी जुड़ल रहनीं। लोकनायक जयप्रकाश नारायण के साथ भी। ऊंहा के एगो कविता-

अबहूँ कुहुकिएके बोले ले कोइलिया, नाचेला मगन होके मोर।
अबहुँ चमेली बेली फूले अधिरतिआ, हियरा में उठेला हिलोर।।
अबहूँ अँगनवाँ में खेलेला बलकवा, कौआमामा चील्हिआ-चिल्होर।
अबहूँ चमकिएके चलेले तिरिअवा ताकेले भुँइअवे के ओर।।
चोरी-चोरी अबो गोरी करेली कुलेलवा, चोरी-चोरी आवे चितचोर।
भूलि जाला सुधबुध कामकाज लोक-लाज, करेले जवानी जब जोर।।
छुनिया के रंग ढंग सब कुछ ऊहे बाटे, ओइसने बा जोर अउरी सोर।
कुछओ ना बदलल, हमहीं बदल गइलीं बदलल तोर अउरी मोर।।
तबके जवान अब भइले पुरनिआ, देहिआ भइल कमजोर।
याद जब आवेला पुरनका जमनवा, मानवा में होखेला ममोर।।
कुछ दिल अउरी धीरज धरु मनवा, जिनगी के दिन बाटे थोर।
पाकल पाकल केसिआ में लागेना करिखवा, रामजी से करु ई निहोर।।

श्री स्वय प्रकाश जी (हिन्दुस्तान, समन्वय सम्पादक) के  फेसबुक वॉल से